श्री राजपूत करणी सेना 16 फरवरी 2025 के वीर कुंवर सिंह के जन्मभूमि जगदीशपुर में “क्षत्रिय सम्मान रैली” आयोजित करी।

हर साल श्री राजपूत करणी सेना बिहार के किसी न किसी जिला में एगो बड़ा सभा आयोजित करत बा। एहिसे 16 फरवरी 2025 के जगदीशपुर (भोजपुर) में “क्षत्रिय सम्मान रैली – शाहाबाद” के आयोजन हो रहल बा। एह रैली में हजारों लोग शामिल होखेंगे – ई बतवलन श्री राजपूत करणी सेना के प्रदेश अध्यक्ष अमित सिंह उज्जैन। आरा के शत्रुंजय विलास पैलेस (जमीरा कोठी), मारुति नगर, आरा (भोजपुर) में आयोजित प्रेस वार्ता में प्रदेश संरक्षक पुष्पेंद्र सिंह, उपाध्यक्ष अनुराग सिंह राठौड़ बतवलन कि श्री राजपूत करणी सेना के संस्थापक ठाकुर लोकेंद्र सिंह कालवी साहब के नेतृत्व में और राष्ट्रीय अध्यक्ष श्री महिपाल सिंह मकराना के मार्गदर्शन में समाज में जागरूकता और एकता के उद्देश्य से एह संगठन के स्थापना कइल गइल बा।

ई रैली के मुख्य उद्देश्य बा वीर कुंवर सिंह किला मैदान में स्थित वीर कुंवर सिंह के टूटल अश्वारोही प्रतिमा के नया से बनवावल, ईडब्ल्यूएस के सरल बनावल, भोजपुर जिला में राजपूत छात्रावास के निर्माण, अउरी कुछ महत्वपूर्ण मुद्दे के समाधान। राजपूत करणी सेना बिहार में आगे चलके समाज के बच्चों खातिर स्कॉलरशिप परीक्षा कराके उनकरा के मेडिकल, इंजीनियरिंग, वकालत, मैनेजमेंट अउरी दूसर प्रमुख शिक्षा दिलवावे के योजना बनवले बा। आने वाला समय में श्री राजपूत करणी सेना कई महत्वपूर्ण रचनात्मक काम करे वाली बा।

एह अवसर पर श्री राजपूत करणी सेना के प्रदेश उपाध्यक्ष शशिकांत सिंह, प्रदेश संरक्षक अजय सिंह, सत्येंद्र सिंह, जिला संयोजक शक्ति सिंह, प्रदेश संगठन मंत्री चंदन सिंह, प्रदेश महासचिव हिमांशु सिंह, आदित्य राणा, श्री हरेराम सिंह, शक्ति सिंह, अंकित सिंह, ऋतिक सिंह, युवराज सिंह, विराट सिंह अउरी दूसर लोग उपस्थित रहलें।

  • Related Posts

    दरोगा साहेब वाशिंग मशीन को भी नहीं छोड़ा

    सिवान। रिश्वत में वाशिंग मशीन और कैश लेते गिरफ्तार हुए दारोगा साहेब, निगरानी ने दबोचा। असावं थाना में पोस्टेड थे मिथलेश कुमार (2018) बैच।

    Read more

    जाने ! कब आयेगा NEET UG 2025 एडमिट कार्ड…….

    NEET UG 2025 का एडमिट कार्ड 1 मई 2025 को जारी किया जाएगा। यह परीक्षा 4 मई 2025 को आयोजित की जाएगी। उम्मीदवारों को परीक्षा केंद्र में प्रवेश के लिए…

    Read more

    Leave a Reply

    Your email address will not be published. Required fields are marked *

    Home
    Live
    Latest News